मुखपृष्ठ
साहित्यकारों की वेबपत्रिका
Sahityasudha
वर्ष: 4, अंक 68, सितंबर(प्रथम), 2019

मोती ओस के बिनाइल ना

विद्या शंकर विद्यार्थी

मोती ओस के बिनाइल ना जोती भोर के चिन्हाइल ना रैन से बात रहे भोर होखे दऽ सोती अँजोर के चिन्हाइल ना कर ले लेलस लहसुनिया घाम धोती दबोर के पेन्हाइल ना तवा प पर ना सकल ललसा रोटी झंकोर के सेंकाइल ना धैर्य कौन दिहीं दुधमुंहा के विद्या गोटी चकोर के दाव बुझाइल ना।


कृपया रचनाकार को मेल भेज कर अपने विचारों से अवगत करायें