मुखपृष्ठ
साहित्यकारों की वेबपत्रिका
Sahityasudha
वर्ष: 4, अंक 70, अक्टूबर(प्रथम), 2019

भोजपुरी गजल

विद्या शंकर विद्यार्थी

दरकल जिगर के सीअल कइसे जाई सिहर सिहर के जीअल कइसे जाई आँखी में बसल बा नेहिया के सुरता बिसर बिसर के जीअल कइसे जाई बाया के बसेरा में जिनगी के संघाती बिखर बिखर के जीअल कइसे जाई सुधिया के झोंका दिहले बा सोचे के बेदना के नीर के पीअल कइसे जाई दीया जरत बा तऽ जरत बाटे विद्या सारी रात हहर के जीअल कइसे जाई।

कृपया रचनाकार को मेल भेज कर अपने विचारों से अवगत करायें